Menu
blogid : 1648 postid : 23

भोजपुरी गीत:कहवां छुटल उ दुपहरिया..

जावेदनामा
जावेदनामा
  • 15 Posts
  • 537 Comments

कहवां छुटल उ दुपहरिया, कहवां छुटल पिपरा क छांव
काहें अईलीं हम परदेश रे माई, बहुत याद आवेला गाँव

उ लखनी क खेल निराला, उ पोखरी किनारे क फेरा
जाड़ा के रुत में जब जमत रहल कउड़ा क लागे डेरा
याद बा हमके कईसे मारत रहली हमहु कबड्डी में दांव
काहें अईलीं हम परदेश रे माई, बहुत याद आवेला गाँव

थोडा पईसा अऊर शोहरत क माया माटी से कईलस दूर
जीयरा तडपेला हर घडी, जाने कईसन भईलीं हम मजबूर
चूमे खातिर अपने धरती क माटी हर पल मचलेला पाँव,
काहें अईलीं हम परदेश रे माई, बहुत याद आवेला गाँव

दुःख से मन तड़प उठेला लोगवा भागत बाटें शहरिया ओर
हमसे इ गुनाह भईल बा की छुटल हाथे से गाऊँवा क डोर
शहर त इक धोखा बा भईया, गाँव है माँ के ममता क छांव
काहें अईलीं हम परदेश रे माई, बहुत याद आवेला गाँव

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply

    Your email address will not be published. Required fields are marked *

    CAPTCHA
    Refresh